नील नदी (अंगरेजी: Nile) अफिरका महादीप के आ दुनिया के एगो महत्वपूर्ण नदी हवे जेवन दक्खिन से उत्तर की ओर बहे ले। परंपरागत रूप से दुनिया की सबसे लंबी नदी के रूप में गिनी जाती है[1][2] हालाँकि, एह बात के बाद के रिसर्च में चुनौती दिहल गइल बा आ सलाह दिहल गइल बाटे की अमेजन नदी एकरा ले कुछ लमहर हो सके ले।[3][4] नील नियर प्रमुख नदी अपना सालाना पानी के बहाव के मात्रा के हिसाब से कुछ सभसे छोट प्रमुख नदी में से आवे ले।[5] लगभग 6,650 किमी (4,130 मील)[नोट 1] लमहर, एकर नदी थाला (ड्रेनेज बेसिन) कुल इगारह गो देसन में बिस्तार लिहले बाटे: तंजानिया, युगांडा, रवांडा, बुरुंडी, द डेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ दी कांगो, कीनिया, इथियोपिया, इरीट्रिया, दक्खिन सूडान, रिपब्लिक ऑफ़ सूडान, आ मिस्र।[7] वास्तव में, नील नदी मिस्र, सूडान आ दक्खिनी सूडान खातिर प्राइमरी पानी के स्रोत हवे।[8] एकरे अलावा, नील एगो महत्व वाली आर्थिक नदी हवे जे खेती आ मछरी पकड़े के उद्योग के सपोर्ट करे ले। मिस्र देस के "नील नदी के बरदान" (गिफ्ट ऑफ़ नाइल) कहल जाला[9] आ एह नदी पर बनल अस्वान बंधा एगो बिस्व-परसिद्ध बान्ह हवे। नील नदी के डेल्टा तिकोन डेल्टा हवे आ एही के नाँव पर अइसन थलरूप सभ के डेल्टा नाँव पड़ल काहें कि यूनानी लिखाई में डेल्टा नाँव के अच्छर (Δ) तिकोना होखे ला। बिबरन[संपादन करीं]विक्टोरिया झील से ले के भूमध्य सागर तक ले कुल 6,650 किमी (4,130 मील)[नोट 1] लंबाई वाली नील नदी दुनियाँ के सबसे लमहर नदी सब में गिनल जाले। एकर नदी थाला (ड्रेनेज बेसिन) कुल 3,254,555 वर्ग किलोमीटर (3.503174×1013 वर्ग फु) रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे जे पूरा अफिरका महादीप के लगभग 10% हिस्सा बइठे ला।[11] हालाँकि, अगर अउरी नदिन से तुलना कइल जाय तब नील नदी में पानी बहुत कम रहे ला (उदाहरण खातिर कांगो नदी के बस 5%)।[12] नील नदी के बेसिन एगो जटिल बेसिन हवे, आ एकरा चलते, कौनों भी अस्थान पर एह में पानी के बहाव (डिस्चार्ज) कई चीजन पर निर्भर करे ला, मौसम, डाइवर्जन, बास्पीकरण आ इवैपोट्रांसपिरेशन आ जमीनभीतरी पानी के मात्रा पर। खारतूम से ऊपर (दक्खिन के ओर), नद्दी के सफेद नील के नाँव से जानल जाला, जबकि सकेत अरथ में खार्तूम से नो झील तक ले एह नाँव से जानल जाला। खारतूम में एह में नीली नील नदी आ के मिले ले। सफेद नील के उदगम भूमध्यरेखीय पूरबी अफ्रीका में होला जबकि नीली नील के उद्गम इथियोपिया से होखे ला। दुनों धारा पूर्बी अफिर्की रिफ्ट के पच्छिमी कगार से निकसे लीं। नोट[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
नील नदी के देवता को क्या कहा जाता है?अनुकेट | नाइल नदी के मिस्र की देवी | मिस्र की पौराणिक कथाओं
नील नदी कितने देशो से होकर गुजरती है?10 देशों से होकर गुज़रती है नील नदी
विश्व की सबसे लंबी नदी कौन सी है उत्तर नील नदी?Solution : नील (Nile) नदी को सामान्यतः विश्व की सबसे लम्बी नदी माना जाता है। यह उत्तर की ओर बहने वाली उत्तर-पूर्वी अफ्रीका की एक प्रमुख नदी है। यह नदी 6,853 किमी. लम्बी है।
|